शहर भा नगर बड़हन आकार के मानव आबादी वाला जगह होला। शहरन में कई प्रकार के सुविधा उपलब्ध रहेला, आवागामन-यातायात के साधन के साथ साथ बजार, सिनेमा हॉल, अस्पताल, कॉलेज, बैंक आदी सब कुछ के सुविधा उपलब्ध रहेला। इहे कारण बा कि गाँव के अपेक्षा शहर में बेसी लोग रहेला। बेसी लोगन के रहे खातिर ऊँच-ऊँच भवन, घुमे फिरे खातिर पार्क नियर चीज सभ रहेला।
इतिहासी रूप से, दुनियाँ के बहुत कम्मे आबादी शहर में निवास करत रहल बा, हालाँकि, पछिला दू सदी में शाहीकरण अतना तेजी से भइल बा कि अब बिस्व के लगभग आधा से बेसी जनसंख्या शहरन में निवास करत बा। एह घटना के बिबिध परभाव सभ में बैस्विक सस्टेनबिलिटी पर दबाव भी एगो प्रमुख चिंता के बिसय बाटे। आज्काल्ह के शहर सभ में आमतौर पर में शहर भा कोर एरिया, मेट्रो एरिया आ आसपास के कम्यूटर जोन होला। आसपास के लोग रोजगार से ले के बिबिध मकसद से शहरन के ओर खिंचाव महसूस क्र रहल बा आ शहर में बस रहल बा। बैस्वीकरण के एह जुग में आ कम्युनिकेशन के साधन देख के इहो देखल जा रहल बा कि शहर सभ आपस में बहुत ऊँच डिग्री तक कनेक्टिविटी वाला हो चुकल बाड़ें।
पटना, दिल्ली, मुंबई, कोलकाता, चेन्नई, बंगलौर आ हैदराबाद निअन कुछ शहर भारत देश के प्रमुख शहर सभ में गिनल जालें।
शहर के आमतौर पर अइसे परिभाषित कइल जाला कि जवन आबादी वाला इलाका गाँव चाहे कसबा (टाउन) से बड़ होखे, मने की बेसी जनसंख्या वाला होखे, शहर (सिटी) कहाला। हालाँकि, कस्बा आ शहर के बीचा में, मने कि टाउन आ सिटी के बीच, कौनों बिसेस परिभाषा वाला अंतर ना बा आ इनहन के इस्तेमाल अदल-बदल के भी होखे ला। इंटरनेशनल रूप से पूरा दुनियाँ में कौनों निश्चित पैमाना भी ना बा कि केतना जनसंख्या वाली बस्ती शहर कहाई। उदाहरण देखल जाय तब घाना में 5,000 आबादी, अर्जेंटीना में 2,000 के आ न्यूजीलैंड में 1,000 के जनसंख्या के कम से कम होखल जरूरी बा जबकि स्वीडन नियर देस में 200 लोग के आबादी भी अगर एगो छोट जगह पर लगे-लगे रह के एक बस्ती के रूप में बसल होखे शहर कहा सके ला।
भारत में जनगणना बिभाग, जनगणना के रपट में, देहाती आ शहरी इलाका के रूप में बिभाजन करे ला जहाँ शहरी इलाका कहाए खाती या टेम्पलेट ओह बस्ती में नगर निगम, नगरपालिका, कैंट वगैरह होखे; 5,000 से बेसी आबादी, 75 परसेंट से बेसी जनसंख्या गैर-खेती के काम में, आ 400 प्रति किमी से बेसी जनघनत्व होखे; एकरे अलावा नगर पालिका वगैरह बिधिक एरिया के आसपास के सटल इलाका जे भले गाँव के रूप में दर्ज होखे बाकी शहरी सुबिधा सभ मौजूद होखे।