जॉन लॉक (John Locke 29 अगस्त 1632 – 28 अक्टूबर 1704) एक ठो अंग्रेज दार्शनिक आ बैद रहलें, जिनके यूरोप के पुनर्जागरण युग में परभावशाली बिचारक आ लेखक के रूप में मानल जाला आ "उदारवाद के पिता" के नाँव से भी जानल जाला। ब्रिटेन में अनुभववाद के फ्रांसिस बेकन के परंपरा के आगे बढ़ावे वाला लोग में शामिल एह दार्शनिक के "सामाजिक ठेका" के सिद्धांत खातिर भी महत्व के ब्यक्ति मानल जाला। उनके काम से ज्ञानमीमांसा आ राजनीतिक दर्शन के क्षेत्र में बहुत परभाव पड़ल। इनके लिख चीज से वोल्तेयर, रूसो आ अउरी कई गो स्कॉटिश बिचार्क लोग परभावित भइल। उनके लेखन के परभाव अमेरिका के आजादी के घोषणापत्र में भी देखल जा सके ला।
ई लेख एगो लेखक, कवि या नाटककार की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |